छात्र जदयू के प्रदेश महासचिव आ कैमूर जिला अध्यक्ष भाजपा मे शामिल भइले
-

बिहार प्रदेश छात्र जदयू. के प्रदेश महासचिव आ कैमूर जिला के अध्यक्ष समेत अनेके नेता शनिचर का दिने भाजपा के प्रदेश कार्यालय में अध्यक्ष मंगल पांडेय का मौजूदगी में भाजपा में शामिल हो गइले.
एहमें छात्र जदयू के प्रदेश महासचिव पंकज कुमार, कैमूर जिला छात्र जदयू के अध्यक्ष किशन कुमार, उपाध्यक्ष अभिसार पांडेय, वैश्य अतिपिछड़ा कल्याण महासभा के प्रदेश अध्यक्ष बैद्यनाथ प्रसाद गुप्ता वगैरह नेता भाजपा में शामिल भइले. एह लोग का साथे एहलोग के ढेरे समर्थको रहले.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..