रेलवे क्रासिंग पर ट्रेन से कटा के एगो अधबूढ़ के मौत
-

अतवार का दिने सिवान छपरा रेलखंड के पचरूखी टीसन का नियरा एगो बिना चौकीदार वाला रेल क्रासिंग पर सिवान जिला के हुसैनगंज इलाका के हरिहास गांव के रहे वाला पचास साल के रघुनाथ साह लाइन पार करत रहले तले तेज रफ्तार से आवत अमरनाथ एक्सप्रेस से कटा गइले. रघुनाथ साह के मौत ठाँवे पर हो गइल.

जानकारी मिलला का बाद राजकीय रेल पुलिस लाश उठा के पोस्टमार्टम ला भेज दिहलसि.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..