गोलीबारी के घटना मे एक जने के मौत, पांच जने घवाहिल

सिवान 21 अक्टूबर (वार्ता) सिवान जिला के गोरियाकोठी थाना के सीवान गोरियाकोठी रोड पर अफराद मोड़ का नियरा एगो लाईन होटल मे काल्हु देर रात अपराधियन के गोलीबारी से होटल मालिक के मौत हो गइल आ पांच लोग घवाहिल हो गइल.

पुलिस के कहना बा कि अफराद मोड़ के शिवम लाईन होटल मे देर रात जब कुछ लोग खाना खात रहे तबहिए एगो मोटरसाईकिल पर सवार दू गो हथियारबंद अपराधी आ के लड़ाई कइले आ गोली चलावे लगले, एह गोलीबारी में होटल मालिक राजेश सिंह आ दिलीप सिंह समेत छह लोग घवाहिल हो गइल. घवाहिलन के अस्पताल ले जात घरी राहे में राजेश सिंह के मौत हो गइल.

सूत्र बतवले कि एह घटना में घवाहिल चार लोग के सदर अस्पताल मे भरती करावल गइल बा आ गंभीराह घवाहिल होटल मालिक के भाई दिलीप सिंह के पटना मेडिकल कालेज अस्पताल भेजल गइल बा.

गोलीबारी का बाद दुनु अपराधी फरार हो गइले. एह बारे में थाना मे केस दर्ज क के पुलिस छानबीन करत बिया.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।