संजय पांडे बढ़वले आपन वजन

भोजपुरी फिलिमन के नंबर वन खलनायक संजय पांडे अपना अगिला फिल्म ‘ट्रक ड्राइवर’ खातिर आपन लुक बदल लिहले बाड़न. एह फिल्म में संजय पांडे खूब मोट नजर अइहन. ‘ट्रक ड्राइवर’ बाड़न त मोट होखबे करीहे. निर्देशक राजकुमार पांडे का दिशा निर्देश पर संजय पांडे एह फिल्म खातिर आपन वजन बढ़वले.

हाल ही में भोजपुरी सिटी सिने अवार्ड में बेस्ट खलनायक चुनल गइल संजय पांडे हालही में ‘ट्रक ड्राइवर’ के शूटिंग बिहार के हाजीपुर में कइले. अपना लुक का बारे में संजय बतवले कि निर्देशक राजकुमार पांडे जी उनुकर जवन लुक एह फिल्म में रखववले बाड़े ऊ सभका के चउँका दी. नंबर वन खलनायक संजय पांडे आ नंबर वन निर्देशक राजकुमार पांडे के टीम नौंवाँ बार ‘ट्रक ड्राइवर’ में जुटल बा. एहसे पहिले ई जोड़ी 9 हिट गो फिल्म ‘कहिया डोली ले के अईबा’, ‘सात सहेलियां’, ‘देवरा बड़ा सतावेला’, ‘दुश्मनी’, ‘दिवाना’, ‘सईंया के साथ मड़इया में’, ‘नाग नागिन’ अउर ‘लहरिया लूटऽ ए राजा जी’ दे चुकल बा.
हिट पर हिट फिल्में देने में माहिर संजय पांडे, राजकुमार पांडे का अलावे कई गो दोसरो दिग्गज निर्माता निर्देशकन का साथे काम करत बाड़न जवना में दुर्गा प्रसाद, जितेश दुबे, जे.पी. सिंह जइसन नाम प्रमुख बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।