मोदी के रोके ला लालू जइसन हिम्मत नइखे नीतीश मे, कहली राबड़ी

पटना 21 अक्टूबर (वार्ता) बिहार के मुख्यमंत्री रहल आ राजद नेता राबड़ी देवी के कहना बा कि विधि व्यवस्था ला चुनौती बनल लालकृष्ण आडवाणी के रथ के जवना तरह साल 1990 मे तब के मुख्यमंत्री लालू प्रसाद यादव रोक दिहले ओइसन हिम्मत नीतीश कुमार नइखन देखा पावत कि पटना आवत नरेन्द्र मोदी के रोक देसु.

राबड़ी देवी के कहना बा कि आर. एस. एस: के इशारा पर देश मे फिरकावाराना उन्माद पैदा करे खातिर लालू प्रसाद 1990 मे आडवाणी के रथ रोक के उनका के उतार दिहले रहले. आजु फेरू आर.एस.एस. नरेन्द्र मोदी के आगा राखत देश मे फिरकावाराना उन्माद पसारल चाहत बिया. कहली कि हुंकार रैली से आ ओहमें नरेन्द्र मोदी के अइला से भाजपा के पक्ष मे कवनो असर नइखे पड़े वाला. जनता चुनाव में जदयू आ भाजपा दुनु के सबक सिखाई.

राबड़ी देवी कहली कि लक्ष्मणपुर बाथे नरसंहार के सगरी आरोपियन के बरी हो गइला से दलितन आ महादलितन मे दहशत पसर गइल बा. सरकार को बतावे के चाहीं कि जब सगरी आरोपी बरी हो गइले त दोषी के रहे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।