भोजपुरी सिनेमा के नया चेहरा राजीव दिनकर

वइसे त फिल्मी दुनिया में रोजे कवनो ना कवनो सितारा के उदय होत रहेला बाकिर ओहमें से केहूएकेहू होखेला जे दर्शकन पर आपन गहिरा छाप छोड़ पावेला. राजीव दिनकर वइसने नयका चेहरा में से हउवन. पिछला एक महीना का भीतर उनकर दू गो फिल्म बाक्स आफिस पर दस्तक दिहलसि आ तीसरका अगिला महीना रिलीज हो रहल बा.

राजीव के पहिलका रिलीज फिल्म रहे लाट साहब. ऋतिक रोशन के काईट्स का साथे रिलीज होखला का बावजूद ई फिल्म बिहार के कई शहरन में निकहा व्यवसाय कइलसि. लाट साहब में राजीव दिनकर के किरदार एगो आवारा छात्र के रहे. उनकर दोसरका रिलीज फिलिम रहे बलिदान जवना में ऊ रविकिशन के बेटा आ छोट भाई का भूमिका में बाड़े. एह फिल्म में रविकिशन के दोहरी भूमिका बा. एह फिल्म में राजीव के अदाकारी के चहुँओर प्रशंसा हो रहल बा.

अब राजीव के जवन फिल्म रिलीज हो रहल बा ओकर नाम ह कबहू छूटे ना ई साथ. एह फिल्म में राजीव एगो आटो ड्राइवर के किरदार कइले बाड़न. आजु भोजपुरी सिनेमा के ऊ अकेला नयका स्टार बाड़े जिनका लगे बड़हन बड़हन बैनरन के आफर बा. राजीऽ दिनकर एकरा पहिले कई गो हिन्दी आ भोजपुरि फिल्मन में कोरियोग्राफर के काम कर चुकल बाड़े आ अब अभिनय का दुनिया में आपन दमदार मौजूदगी दर्ज करा दिहले बाड़न आ अब उनकर गिनती भोजपुरी सिनेमा के जमल जमावल कलाकारन में कइल जा सकेला.


(स्रोत : उदय भगत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।