बिहार में दस गो खाली विधानसभा सीट के उप-चुनाव

चुनाव आयोग शनिचर का दिने बिहार के दस गो खाली विधानसभा सीट पर उप-चुनाव करावे के एलान क दिहलसि. नरकटियागंज, राजनगर सुरक्षित, जाले, छपरा, हाजीपुर, मोहिउद्दीन नगर, परबत्ता, भागलपुर, बाँका आ मोहनिया सीट पर अगिला 21 अगस्त के वोट करावल जाई. एह ला अधिसूचना 27 जुलाई के जारी होखी आ 2 अगस्त ले परचा दाखिल कर सकीहें उम्मीदवार. 4 अगस्त के परचा के जाँच होखी आ 6 अगस्त ले लोग नाम वापिस ले सकी. एकरा बाद जहाँ चुनाव करावे के पड़ी तहाँ 21 अगस्त के वोट आ 25 अगस्त के वोट गिने के काम करावल जाई.

जदयू आ भाजपा के गठबन्हन टूटला आ राजद संगे जदयू के गठबन्हन के संभावना का बीच अबकी के उपचुनाव के महत्व बहुते अधिका बा. जदयू सरकार ला त ई चुुनाव नाक के सवाल रही.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।