टूर का दौरान लड़कियन पर अत्याचार

लखनऊ के स्वतंत्र गर्ल्स डिग्री कॉलेज आ वृंदावन डिग्री कालेज के एक सौ एकतीस छात्रा पाँच पाँच हजार रुपिया के भुगतान कइला का बाद “एजुकेशन टूर” पर ले जाइल गइल रहली. बाकिर अव्यवस्था से तंग आ के लड़की सब जब स्वतंत्र डिग्री कालेज के प्रबंधक दिनेश तिवारी से अझूरइली सँ त टूर बीचे में रोक के बस वापिस घुमा दिहल गइल आ बिना कतहीं रुकले तीन सौ किलोमीटर के सफर तय कर के लखनऊ वापिस लवटा ले आवल गइल. एह बीच लड़कियन के पेशाबो करे खातिर बस ना रोकल गइल आ बिना कुछ खियवले पियवले लड़कियन के ओतना लमहर सफर करा के लखनऊ ले आइल गइल. मजबूरन कई गो लड़की चलते बस में बइठ के पेशाब कइली सँ. एह अत्याचार से पीड़ित लड़की जब लखनऊ चहुँपली त बस से उतरते करीब आधा दर्जन लड़की बेहोश हो के भहरा गइली सँ. एह बारे में कालेज प्रबन्धक दिनेश तिवारी के कहना रहे कि उनुका धमकी मिलल रहे कि बस के बम से उड़अ दिहल जाई जवना चलते ऊ जल्दी से जल्दी सगरी छात्रा समेत सही सलामत वापिस लवटी आवल चाहत रहले आ एही से बसन के बीच में ना रोके दिहल गइल. बाकिर लड़कियन का शिकायत पर पुलिस महाविद्यालय प्रबंधन का खिलाफ केस दर्ज कर लिहले बिया.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।