16 सितम्बर से बिहार में फौलाद

भोजपुरी फिलिमन के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन के फौलादी तेवर अगिला 16 सितम्बर से बिहार के सिनेमाघरन में देखे के मिली. साल २०११ के सबले चर्चित फिल्म “फौलाद” अब सिनेमाघरन में दस्तक दे रहल बिया. श्री ब्रिजेश्वरी फिल्म्स का बैनर में निर्माता रजनीश गुप्ता के एह फिल्म के निर्देशन मशहूर कैमरामेन फ़िरोज़ खान कइले बाड़न. फिल्म में जहां रविकिशन के एक्शन लोगन के हैरत में डाली ओहिजे सुशीलो सिंह के भूमिका दर्शकन के रोमांचित करी. एह दुनु जने का बीच छोटका परदा के “राजा भईया” प्रकाश जैस के अंदाज़ो दर्शकन के गुदगुदाई. भोजपुरी खलनायकी के दू गो शाहंशाह अवधेश मिश्रा अउर ब्रिजेश त्रिपाठी के बेजोड़ जुगलबंदी देखे के मिली एह फिल्म में. आजुकाल्हु भोजपुरी फिलिमन के हॉट केक बनल अभिनेत्री अंजना सिंह एह फिल्म से अपना अदकारी के शुरूआत कइले बाड़ी. दोसर मुख्य कलाकारन में हैरी जोश, रत्नेश बरनवाल, रितु पाण्डेय, राजेश तोमर आ किरण यादव के नाम बा. फिल्म के सगरी गाना सुने में मीठ बाड़ी सँ जवना के संगीत से सँवरले बाड़े राजेश रजनीश आ गीत बोल लिखल ह बिपिन बहार, श्याम देहाती आ प्यारेलाल कवि के. फिल्म फौलाद के कहानी लेखक संजय राय, सह निर्मात्री रितु गुप्ता आ कार्यकारी निर्माता के.एम.सिंह ( कन्हैया ) हउवें.

“फौलाद” का बारे में रवि किशन के कहना बा कि फौलाद हर मामिला में पूरा फिल्म हवे जवना के भोजपुरिया दर्शक जरूर पसंद करीहें.


(स्रोत : उदय भगत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।