पवन-पाखी के ‘प्यार मोहब्बत जिंदाबाद’

PawanPakhiभोजपुरी सुपरस्टार पवन सिंह आ हिट अभिनेत्री पाखी हेगड़े के जोड़ी भोजपुरी परदा पर अनोखा रोमांटिक म्युजिकल फिलिम ‘प्यार मोहब्बत जिंदाबाद’ ले के आवत बिया.

बाबा बैद्यनाथ फिल्म्स के बैनर तर बनल एह फिलिम के निर्माता-निर्देशक बिहार सरकार के कला संस्कृति आ युवा मामिलन के मंत्री विनय बिहारी हउवें.

कहानी पवन सिंह आ पाखी के किरदारन का बीच प्रेम के ह. एहमें पवन आ पाखी के शानदार अभिनय देखे के मिली. पवन सिंह सवर्ण लड़िका के आ पाखी दलित पिछड़ा समाज के लड़िकी के किरदार में बाड़ी. दुनू के प्यार जब परवान चढ़ऽता त कइसे अपना मुकाम ले चहुपत बा इहे एह फिलिम के हाईलाईट बा.

शूटिंग बिहार के वाल्मिकीनगर, राजगीर, नैनीताल, आ मुंबई समेत अनेके रमणिक जगहन पर करावल गइल बा.

एह फिलिम में दर्जन भर राजनेतो परदा पर नजर अइहें. एकरा के एही महीना रिलीज कइल जाई.


(प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।