- केन्द्रीय कृषि मंत्री राधा मोहन सिंह किसानन के भरोसा देत कहले बाड़न कि कम मानसून के असर में पड़े वाला इलाकन में केन्द्र का ओर से डीजल आ बीज के खरीददारी में सब्सिडी दीहल जाई. कहलन कि केन्द्र हालात से निपटे के पूरा तइयारी क के बइठल बावे.
- बिहार के आई.टी.आई. से निकलल विद्यार्थियन खातिर आगे के प्रशिक्षण ला बिहार के पटना, कटिहार, आ सारण के मढ़ौरा में एडवांस्ड ट्रेनिंग इस्टीट्यूट खोले के मंजूरी केन्द्र का ओर से मिल गइल बा. एकरा ला जमीन बिहार सरकार दी आ बाकी खरचा केन्द्र करी. पटना के दीघा आई.टी.आई. परिसर में महिला टेंनिंग सेन्टर खुली जबकि मढ़ौरा आ कटिहार में छात्र-छात्रा दुनू ला प्रशिक्षण के व्यवस्था रही.
- जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष शरद यादव काल्हु बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार से भेंट कइला का बाद कहलन कि राजद आ जदयू के गठबंधन त होखबे करी बाकिर तारीख ना बतवलन. कहलन कि भाजपा के रोके ला दुनू के साथे आइल बहुते जरूरी बा.
- बिहार के मेडिकल आ इंजीनियरिंग कॉलेजन में दाखिला ला करावल इम्तिहान के रिजल्ड काल्हु जारी क दीहल गइल. एहमें एकतालीस सौ विद्यार्थियन के सफलता मिलल बा.
- दू दिन के बांगला देश यात्रा पर पीएम नरेन्द्र मोदी आज ढाका ला रवाना हो गइलें जहाँ उनुकर स्वागत के भरपूर इंतजाम कइले बिया ओहिजा के सरकार. पश्चिम बंगाल के मुख्यमंंत्री पहिलहीं बांगला देश चहुँप गइल बाड़ी. एह दौरा के खास बात रही दुनू देश का बीच के भूमि समझौता जवना में दुनू देश का इलाका में फॅसल दोसरा देश के गाँवन के अदला बदली कइल जाई. एकरा अलावे अउरिओ बहुते मुद्दा पर समझौता होखे के उमेद बा जवना से दुनू देश के जनता आ व्यापार के फायदा मिली,
- दक्खिन पच्छिमी मानसून काल्हु केरल चहुँप गइल आ पन्द्रह दिन का भितरे एकरा बिहार चहुँप जाए के उमेद बा. ओकरा दू दिन बाद यूपी ले चहूँपी मानसून.
- मणिपुर में म्यांमा सीमा से सटल चंदेल जिला में बियफे का दिने उग्रवादियन के कायराना हमला में 17 गो जवना शहीद हो गइलें आ 16 गो घवाहिल हो गइल बाड़े. बाद में एगो घवाहिलो जवान के मौत हो गइल. सभकर पार्थिव शरीर आजु ओह लोग का घरे भेजवा दीहल गइल बा.
- मलेशिया आ नेपाल में काल्हु भूकंप के झटका महसूस भइल जवना के तेजी नेपालो से अधिका मलेशिया में रहुवे. एह भूकंप से दू गो पर्वतारोहियन के मरइला के खबर बा आ 11 जने घवाहिल हो गइल बाड़े.
- दक्खिन पच्छिमी पाकिस्तान में आइल फ्लैश फ्लड से 16 लोग के मौत हो गइल बा. ई बाढ़ मूसलाधार बरखा का चलते आ गइल रहुसे आ बलूचिस्तान कव राजधानी क्वेटा के दक्खिन मे खुज़दार जिला के दू गो गांवन के बाढ़ में बहा ले गइल.
- मशहूर वैज्ञानिक अमीनाह गुरिब फकिम काल्हु मॉरिशस के राष्ट्रपति पद के शपथ लीहली. 56 बरीस के अमीनाह फाकिम मॉरिशस के पहिला महिला राष्ट्रपति हई. एहसे पहिले ऊ मॉरिशस विश्वविद्यालय के ऑर्गेनिक रसायन शास्त्र विभाग के अध्यक्ष रहली आ विश्व बैंक वगैरह में काम कर चुकल बाड़ी.
- सांसद आदर्श ग्राम योजना में अबहीं ले 108 गो सांसद कवनो गांव के गोद नइखन लिहले. एहमें से 55 गो पश्चिम बंगाल के हउवन. दिल्लीओ के सातो सांसद एहीमें शामिल बाड़े.
- एगो टीवी चैनल के इंटरव्यू देत दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल कहलन कि प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के जान जाए के चाहीं कि ऊ राहुल गाँधी ना हउवें. कहलन कि दिल्ली के उपराज्यपाल नजीब जंग केन्द्र के इशारा पर काम करत बाड़न.
- लोकसभा चुनाव में मिलल बड़हन हार का बाद पहिला बेर राहुल गांधी आज पश्चिम बंगाल के दौरा पर जात बाड़े जहाँ ऊ हुगली के चटकलिहनन से भेंट करीहें. बतावल जात बा कि सितंबर में होखे वाला कांग्रेस के बेंगलुरु अधिवेशन में राहुल गांधी के अध्यक्ष पद के जिम्मेवारी दे दीहल जाई. हालांकि अबहियों बहुते कांग्रेसी राहुल के बेंवत जानत आ देखत नइखन चाहत कि अबहीं उनुका के ई जिम्मेदारी दीहल जाव.
- अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट परिषद के मुख्य कार्यकारी अधिकारी डेव रिचर्डसन के कहना बा कि आईसीसइ भारत भा पाकिस्तान के दुतरफा खेल शुरू करे ला मजबूर ना कर सके. एकर फैसला ओही लोग के करे के होखी.
- लोक सेवा आयोग शुक के देर रात पीसीएस प्री 2015 परीक्षा के परिणाम घोषित क दिहलसि. एहमें 10325 परीक्षार्थियन के सफलता मिलल बा. अब ई लोग 29 जून से होखे वाला मुख्य परीक्षा में शामिल होखी.
- सरकारी विज्ञापनन में कवनो मुख्यमंत्री के फोटो ना देबे के सुप्रीम कोर्ट के फैसला के ठेंगा देखावत यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव अपना फोटो साथे सरकारी विज्ञापन अखबारन में छपवले बाड़े. एह फोटो में उनुका साथे कांग्रेस के राजीवो शुक्ला लउकत बाड़े. देखल जाव कि एह पर कोर्ट के रुख का होखत बा. काहें कि इहे जाँचे ला शायद ई काम कइलो गइल बा.
- बलिया में बिजली किल्लत के हालत अतना खराब चलत बा कि दू दिन से एहिजा के सरकारी अस्पतालनों में बिजली नइखे रहत जवना चलते कई गो जरूरी आपरेशनो टार देबे के पड़त बा. एक त भयंकर गरमी आ ओह पर बिजली के अइसन किल्लत कि लोग बिलबिला के रहि जात बा.
0 Comments