निरहुआ हिन्दुस्तानी 25 जुलाई से यूपी आ मुंबई में
-

NirahuaHindustaniबिहार में सफलता के परचम लहरा लिहला का बाद निरहुआ के 50वीं फिलिम ‘निरहुआ हिन्दुस्तानी’’ अब मुंबई आ यूपी में 25 जुलाई से ईद के मुबारक मौका पर रिलीज होखे जात बा,

आदिशक्ति इंटरटेनमेंट, निरहुआ इंटरटेनमेंट आ राहुल खान के बैनर के ई फिलिम बिहार के दर्जन भर सिनेमाघरन में 50वां दिन का ओर बढ़ल जात बिया. सतीश जैन के निर्देशन में बनल एह फिलिम में सुपरस्टार निरहुआ संगे एगो नईकी अदाकारा आम्रपाली दूबे बाड़ी.

फिलिम के सगरी गाना लोग के जुबान पर चढ. चुकल बाड़ी सँ. आ पूरा भरोसा बा कि बिहारे का तरह यूपी आ मुंबइओ में एह फिलिम के अपार सफलता मिली.

निरहुआ एह घरी अपना नया फिलिम ‘पटना से पाकिस्तान’ के शूटिंग में लागल बाड़न. इनकर दू गो अउर फिलिम ‘दुध का कर्ज’ आ ‘हथकड़ी’ रिलीज ला तइयार बाड़ी सँ.


(प्रशांत-निशांत)

2 Comments

  1. abhishek yadav

    super………………….
    hamra hisab se ab tak ki sabse safal film hoga

    best of luck…..
    dinesh yadav ji

  2. अनाम

    isse badhiya koi bhojpuri film nahi thanks for acting ms dube&nirahua

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..