एक्शन सम्राट मनोज आर॰ पाण्डेय के आन-बान-शान के लड़ाई ‘खून भरी मांग’ में

ManojR-Pandey
भोजपुरी सिनेमा जगत के एक्शन सम्राट मनोज आर॰ पाण्डेय अभिनीत ग्रीन चिल्ली एन्टरटेन्मेंट प्रा. लि. के बैनर के भोजपुरी फिलिम ‘खून भरी मांग’ 29 जुलाई से बिहार-झारखण्ड में होखे वाला बा. एह फिलिम में मनोज आर॰ पाण्डेय के जबरदस्त एक्शन आ स्टंट देखे के मिले वाला बा. एक से बढ़के एक संवादो सुने के मिली. जइसे कि ‘अब चाहे आंधी आवे या तुफान, खोदे के पड़े कब्र चाहे भेजे के पड़े केतनन के शमशान, जब आ जाई ले अपना आन पर त मिटा देहिला केहू के भी शान’.

एह फिलिम में एक्शन सम्राट मनोज आर॰ पाण्डेय के साथी अदाकारा बाड़ी भोजपुरी सिनेमा जगत के लोकप्रिय अभिनेत्री पाखी हेगड़े.

जाने जोग इहो बा कि मनोज आर॰ पाण्डेय आ हाॅट गर्ल मोनालिसा के जोड़ी वाली फिलिम ‘प्यार होके रही’ साल 2014 के सबले सफल फिलिम बन चुकल बावे.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।