रिटायर्ड जज के बेटी के अपहरण करे वाला गिरफ्तार

मिर्जापुर के देहात कोतवाली गाँव के रहे वाला एगो न्यायायिक अधिकारी बिहार के दरभंगा में जज रहलन आ रिटायर्ड भइला का बाद अपना पैतृक गाँव में आ के बस गइल रहलन. पिछला 17 तारीख के उनुका निजी गाड़ी के ड्राइवर उनका साथही एहिजा आइल रहुवे आ उनुका बेटी के घुमावे ले गइल त लवटल ना. अगिला दिने बेटी के गुमशुदगी के रिपोर्ट लिखवावल गइल आ काल्हु शनिचर का दिने पुलिस ओह ड्राइवर के मिर्जापुर टीसन पर धर लिहलसि. ओकरा साथही ऊ लड़िकियो मिल गइल. लड़िकी साथे कुकर्म के अनेसा सोचत लड़िकी के मेडिकल करावे खातिर भेजल गइल बा आ ड्राइवर के जेल भेज दीहल गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।