हार का बाद बिहार भाजपा में घमासान मच गइल बा

बकबकवा बिहारी बाबू त खुलेआम नगाड़ा पीट पीट के भाजपा के धज्जी उड़ावत बाड़न. दोसरो लोग अब गँवे गँवे सामने आवे लागल बा. सगरी झगड़ा का जड़ में कहीं ना कहीं सुशील मोदी बाड़न जिनकर निजी महात्वाकांक्षा भाजपा के ले डूबल आ बिहार में कवनो नेता ना पनप पावल भाजपा में. सुशील मोदी अपना छात्र नेता का समये से केहू दोसरा के पनपे ना दिहलें. नीतीश सरकार में नीतीश के सबले बड़ चाटुकार रहल उपमुख्यमंत्री सुशील मोदी पर अब बाकी लोग खुलेआम निशाना साधे लागल बा. भाजपा नेता रहल बाकिर बाद में सगरी पद छोड देबे वाला चन्द्रमोहन राय के कहना बा कि भाजपा के हार का पीछे के तिकड़ी – सुशील मोदी, मंगल पाण्डेय, आ नंद किशोर यादव – का चलते केन्द्रीय नेतृत्व झाँसा में रहल आ ओकरा जमीनी हालात के थाहे ना लाग पावल. अब समय आ गइल बा कि एह तिकड़ी से छुटकारा पावे भाजपा आ नया नेतृत्व पनपे के मौका दीहल जाव.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।