कर्मचारियन के नीमन दिन त आ गइल

सातवां वेतन आयोग के सलाह मान लेवे के संकेत केन्द्र सरकार दिहले बिया आ एकरा बाद कर्मचारियन के त नीमन दिन आ गइल मानल जा सकेला. वित्त आयोग अइसनको एगो सलाह दे दिहले बिया जवना ला आजु ना त काल्हु हड़ताल करबे करतन कर्मचारी. अब सगरी कर्मचारियन खातिर वन रैंक वन पेंशन करे के सलाह दिहल गइल बा जवना से कर्मचारियन में खुशी के लहर चल गइल बा. सेना के नौकरी खातिर मौजूदा वेतन आ भत्ता का अलावे अलगा से एगो मिलटरी सर्विस पे देबे के सलाह दीहल गइल बा. अर्ध सैनिक बलो के जवानन आ अधिकारियन के काम का दौरान भइल मुठभेड़ में मरला पर शहीद के दर्जा देबे के सिफारिश कइल गइल बा. इहो कहल गइल बा कि जवना सरकारी कर्मचारी के कामकाज ठीक ना लागो तवना के वेतनवृद्धि रोक के वीआरएस लेबे के दबाव बनावल जाव. सगरी कर्मचारियन खातिर स्वास्थ्य बीमा करावहुं के सलाह दिहले ब‌ावे वित्त आयोग. आ अब बिना ब्याज के अग्रिमो ना ले पइहें कर्मचारी.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।