मनोज श्रीवास्तव को मॉरीशस सरकार ने दिया कर्मयोगी सम्मान

manojSrivasta
भारत में भोजपुरी पत्रकारिता में आपन ठसक राखे वाला मनोज श्रीवास्तव के भोजपुरी में कइल बढ़िया काम ला मॉरीशस सरकार कर्मयोगी सम्मान से सम्मानित कइलसि.

29 अक्टूबर से 5 नवंबर ले मॉरीशस में चलल अंतराष्ट्रीय भोजपुरी सम्मेलन में मनोज श्रीवास्तव के एह सम्मान खातिर खास क के बोलवले रहुवे मारीशस सरकार. भोजपुरी संसार पत्रिका के समन्वयक रहल भोजपुरिया गुरु मनोज श्रीवास्तव समेत अउरिओ अनेके पत्रकारन के सम्मानित कइलसि मारीशस सरकार.

मनोज श्रीवास्वत एह सम्मेलन मेंं आपन शोधपत्र प्रस्तुत कइलन.

हप्ता भर चलल एह आयोजन में भोजपुरी साहित्य, कला आ संस्कृति के धूम रहल.


(मधुप कुमार)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।