अगिला अंतर्राष्ट्रीय सम्मेलन के मुख्य अतिथि रहीहें सर अनरुध जगनाथ


मारीशस के राष्ट्रपति आ प्रधानमंत्री रह चुकल सर अनरुध जगनाथ अगिला साल 2015 में वाराणसी में होखेवाला अंतर्राष्ट्रीय भोजपुरी सम्मेलन के मुख्य अतिथि रहीहें. आ खास मेहमान रहीहें भारत के प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी. सम्मेलन काशी हिन्दू विश्विद्यालय में करावल जाई.

सर जगनाथ से मिले आइल भोजपुरी प्रतिनिधि उनुका के ई नेवता दिहलें. ई लोग मारीशस में भइल अंतर्राष्ट्रीय भोजपुरी सम्मेलन में शामिल होखे ला भारत से आइल रहुवे.

प्रतिनिधियन में बी एन तिवारी, अमरजीत मिश्र, अपूर्व एन तिवारी, चन्द्र भूषण राय, मनोज भावुक, सदानन्द शाही, उदेश्वर सिंह आ अवधेश प्रधान शामिल रहले. साथे आइल रहलें मारीशस के स्वास्थ्य मंत्री रहल आ भारतीय प्रवासियन आ विश्व भोजपुरी केन्द्र के अध्यक्ष जगदीश गोबरधन. सभे एह बात ला सर जगनाथ के बड़ाई कइल कि पिछला अतवार के दिहल उनकर भाषण भोजपुरी में रहल.

डिफाईमीडिया में सुनील गोपाल के लिखल रपट का आधार पर

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।