भठियरई मेटावे खातिर नया कानून बनावल जाव

गुरुकुल कांगड़ी विश्वविद्यालय के दीक्षान्त समारोह में हरिद्वार चहुँपल लोकसभा स्पीकर मीरा कुमार पत्रकारन से बतियावत कहली कि देश से भठियरई मेटावे खातिर नया कानून बनवला के जरुरत बा. मौजूदा कानूनन से एकर सफाया ना हो सके. संसद में आये दिन होखे वाला हंगामा से चिन्तित स्पीकर के कहना रहुवे कि सांसद लोग जवना बाति पर हंगामा करे ला ओह पर बहस होखे के चाहीं. हंगामा से कुछ फायदा ना होखे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।