सिनेमा का दुनिया से….

अजय दीक्षित के चरचा दुनिया भर में

भोजपुरी सिनेमा के अभिनेता अजय दीक्षित के चरचा आजुकाल्ह पूरा दुनिया में चल रहल बा काहे कि उनकर अभिनीत एगो फिल्म इगो दैट डिफर्स अंतर्राष्ट्रीय फिल्म समारोहन में देखल जा रहल बा. रविन्द्ननाथ टैगोर के लिखल कहानी पोस्ट मास्टर पर आधारित एह फिल्म के निर्देशन ए॰आर॰सरकार कइले बाड़न आ अजय एहमें डाकबाबू के किरदार कइले बाड़न.

अउरी जानकारी अंगरेजी में सिने भोजपुरी डॉट कॉम पर मिली.


भोजपुरी सिनेमा खातिर मील के पत्थर साबित होखी भोजपुरिया डॉन

भोजपुरी के मेगा स्टार मनोज तिवारी आ मोनालिस समेत उर्वशी चौधरी आ स्वाति वर्मा अभिनीत फिल्म भोजपुरिया डॉन के निर्देशक रवि सिन्हा मानत बाड़न कि एह फिल्म के तुलना अमिताभ बच्चन वाली डॉन आ शाहरुख वाली डॉन से होखल लाजिमी बा. उनका विचार से ई फिल्म भोजपुरी सिनेमा खातिर मील के पत्थर साबित होखी.

अउरी जानकारी अंगरेजी में सिने भोजपुरी डॉट कॉम पर मिली.


कपिल कला केन्द्र मो॰रफी के भारत रत्न देबे के मांग कइलसि

मुंबई के सामाजिक आ कला संस्था कपिल कला केन्द्र पिछला दिने मो॰ रफी के ३० वाँ पुण्य तिथि पर सांताक्रूज कब्रिस्तान में एगो श्रद्धांजलि सभा में भारतीय सिनेमा के जनक दादा साहब फालके आ मो॰रफी के भारत रत्न देबे के माँग कइलसि. समारोह में भोजपुरी कलाकार धर्मेन्द्र खरवार, आ गायक कलाकार विनोद कुमार रफी के गावल गीतन के पेश कइल लोग. समारोह में आइल लोग मो॰रफी का कब्र पर फूल चढ़ा के आपन श्रद्धांजलि दिहल. बाद में संस्था के अध्यक्ष कपिलदेव खरवार सभका के धन्यवाद दिहलन.


पानी पर दउड़त नजर अइहें प्रवेशलाल यादव

अबले रउरा सभे नायक के हवा में उछल के मारधाड़ करत देखले होखब भा आगि में जरत हीरोइन के बचावल देखले होखब. अब पहिला बेर नायक के पानी में दउड़त देखब जूनियर निरहुआ प्रवेश लाल यादव के भोजपुरी फिल्म दिल में. फिल्म के नायिका पाखी पर भाव जमावे खातिर जूनियर निरहुआ पानीए पर दउड़ जात बा. प्रवेश के कहना बा कि एह सीन के करत घरी उनका बहुते आनन्द मिलल.

अउरी जानकारी अंगरेजी में सिने भोजपुरी डॉट कॉम पर मिली.


दक्षिण भारतीय निर्मातन के पहिला पसन्द बनलन निरहुआ

भोजपुरी सिनेमा के बादशाह कहाये वाला सुपर जुबिली स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ आजुकाल्हु दक्षिण भारतीय फिल्म निर्मातन के पहिला पसन्द बन गइल बाड़न. ई बाति उनका सामने लागल दक्षिण भारतीय निर्माता निर्देशकन के कतार से साबित होत बा. जेही दक्षिण भारतीय निर्माता भोजपुरी फिल्म बनावे के सोचत बा से दिनेश लाल यादव निरहुआ के अपना फिल्म के नायक बनावल चाहत बा.

अउरी जानकारी अंगरेजी में सिने भोजपुरी डॉट कॉम पर मिली.


अमेरिका के विश्वविद्यालय में भोजपुरी सिनेमा पर शोध

अमेरिका के राष्ट्रपति बराक ओबामा के भोजपुरी प्रेम का बाद अब फिलाडेल्फिया विश्वविद्यालय में भोजपुरी सिनेमा पर शोध होखे जा रहल बा आ शोध करे जा रहल बाड़ी कैथरीन हार्डी. पिछला दिने कैथरीन फेरु भारत आइल रही आ मनोज तिवारी का साथे लमहर बात कइली. ऊ भोजपुरिया लोगन का साथे रहि के भोजपुरी के संस्कार संस्कृति आ व्यवहारो के अध्ययन कइली. कैथरीन के कहनाम बा कि शोध पूरा होखला का बादो ऊ भोजपुरी से आपन नाता बनवले राखल चहीहें.

अउरी जानकारी अंगरेजी में सिने भोजपुरी डॉट कॉम पर मिली.


0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *