आईं आपन छान्हि छवाईं

KumarNawneet

– डा. कुमार नवनीत

काठ करेजी भईल समईया
पल पल बदलत दाव,
बिछिलायीं जनि, धरीं थहा के
आपन एकहक पाँव।

सभ धवते बा, आप न धाईं
सगरी सपना बेंचि न आईं
मोल न कवनो मोल बिकाला,
जहवाँ रहीं इहे सरियाईं
आईं आपन छान्हि छवाईं
तेजि महलिया ठाँव।

ऊहवाँ कहाँ चूल्हि-चुहानी
साँझि क गम्मज, मीठी बानी
चह-चह चिरइन के सुर-संगम
जेठ दुपहरी हवा सुहानी
बिसुरि न जाईं, तनि पतियाईं
बाग़ बगइचा छाँव।

सुन्न मड़इया अँहकत रोवै
अँसुवन से अँचरा के धोवै
ठूँठे बीरिछ बिनु पतई के
भलहीं ठाढ़ तबहुँ ना सोवै
राम-रहारी के जन तरसे
उजरल-पुजरल गाँव।

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।