सजा पावे के कीर्तिमान बनवलें लालू यादव

रांची 24 मार्च. बेबाँटल बिहार के अरबों रुपिया के चारा घोटाला में आजु चउथका मामिला में लालू यादव के चौदह बरीस जेल आ साठ लाख रुपिया के जुर्माना के सजा सुनावल गइल बा.
आजु ले देश के कवनो दोसरा नेता के शायदे अतना बरीस के जेल दीहल गइल होखी. लालू पहिलहीं से साढ़े तेरह बरीस के जेल के सजा भगतत बाड़ें आ आजु के सजा मिला के उनुका कुल साढ़े सताइस बरीस जेल में बितावे के पड़ी. फिकिर एकरो बा कि अबहीं दू गो मामिला बाकिए बा.
एह हाल में अगर लालू यादव मोदी सरकार के सरापल छोड़ देसु त अचरजे नू कहाई. उनुका त जेल से बाहर आवे के उमेद तबहिएं हो पाई जब कवनो दोसर सरकार आ जाव आ उनुका उमिर आ राजनीतिक लबरई के देखत उनुकर सजा माफ करि देव.
आजु केन्द्रीय जांच ब्यूरो के विशेष अदालत लालू प्रसाद यादव के भारतीय दंड विधान आ भ्रष्टाचार निरोधक अधिनियम के अलग अलग धारा में सात सात बरीस के जेल आ तीस तीस लाख के जुरमाना के सजा सुनवावत इहो कहलसि कि दूनू सजाय अलगा अलगा भुगते के पड़ी. लालू यादव के वकील के सगरी निहोरा धइले रहि गइल आ अदालत उनुका पर कवनो मेहरबानी ना देखवलसि. आखिर गाय भईंस के चारा में घोटाला करे के पाप के प्रायश्चित त करहीं के पड़ी.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।