प्रो0 राकेश भटनागर बीएचयू के कुलपति बनावल गइलें
-


वाराणसी, 23 मार्च (वार्ता). जवाहर लाल नेहरू विश्वविद्यायल के प्रो0 राकेश भटनागर के काशी हिंदू विश्वविद्यालय (बीएचयू) के कुलपति बनावल गइल बा.

बीएचयू के सूचना अउर जनसंपर्क अधिकारी डॉ0 राजेश सिंह ‘यूनीवार्ता’ के बतवलें कि प्रो0 भटनागर के बहाली का सूचना विश्वविद्यालय प्रशासन के मिल गइल बा.

प्रो0 भटनागर उत्तर प्रदेश के कानपुर के नेशनल सुगर इंस्टीट्यूट से पीएचडी (बॉयोकेमिस्ट्री) आ कानपुर विश्वविद्यालय (कानपुर) से एमएससी (केमेस्ट्री) के पढ़ाई कइले बाड़न.

जाने जोग बा कि प्रो0 गिरीश चंद्र त्रिपाठी के तीन बरीस के कार्यकाल पिछला साल नवंबर में पूरा होखला का बाद से एहिजा कुलपति के पद खाली चलत रहुवे.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..