तस्करी से ले आवल जात 46 लाख रुपिया के शराब बलिया में धराइल

(प्रतीक फोटो)


बलिया, 29 मार्च (वार्ता). पंजाब से तस्करी क के बिहार ले जाइल जात 46 लाख रुपिया के शराब का साथे एगो तस्कर के बलिया में गिरफ्तार क लीहल गइल.
पुलिस अधीक्षक एस पी गांगुली बतवलें कि उभांव इलाका के तुर्तीपार रेगुलेटर का लगे दुपहरिया में पुलिस आ एस ओ जी के साझा अभियान में पंजाब से आवत एगो ट्रक के रोकल गइल. ओकरा तलाशी में 600 पेटियन में बन्द पंजाब के बनल 28800 बोतल अंग्रेजी शराब मिलल जवना के जप्त क लीहल गइल.
एह मामिला में ट्रक चालक पटियाला के रहे वाला पंजाब सिंह के गिरफ्तार क लीहल गइल बा.
बरामद शराब के द्म करीब 46 लाख रूपिया आंकल गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।