
(प्रतीक फोटो)
फर्रूखाबाद 30 मार्च (वार्ता). गर्मी के छुट्टी का समय रेल यात्रियन के भीड़ के मद्देनजर पूर्वोत्तर रेलवे बांद्रा-गोरखपुर का बीच दू जोड़ी समर स्पेशल चलावे के तय कइले बिया.
साप्ताहिक समर स्पेशल ट्रेन 82909 बांद्रा टर्मिनल से 14 अप्रैल से हर शनिचर के सबेरे 6-40 बजे खुलल करी आ दोसरा दिने साँझ 18-20 बजे गोरखपुर चहुँपल करी.
लवटति में 82910 नं समर स्पेशल ट्रेन 15 अप्रैल से हर अतवार राति 21-20 बजे खुलल करी आ मंगल का सबेरे बांद्रा 9-20 बजे चहुँपल करी.
ई दुनु ट्रेन सात सात फेरा चले वाली बाड़ी सँ.
एगो दोसर जोड़ी ट्रेन 2 जून से बांद्रा से समर स्पेशल ट्रेन 09015 हर शनिचर के सबेरे 6-40 बजे खुलल करी आ दोसरा दिने साँझ 18-20 बजे गोरखपुर चहुँपल करी.
लवटति में 09016 नं समर स्पेशल ट्रेन 3 जून से हर अतवार राति 21-20 बजे खुलल करी आ मंगल का सबेरे बांद्रा 9-20 बजे चहुँपल करी.
ई दुनु ट्रेन पाँच पाँच फेरा चलावल जइहें स.
एह दुनु जोड़ी ट्रेनन के बांद्रा-गोरखपुर का बीच मथुरा जंक्शन-हाथरस सिटी-कासगंज-फर्रूखाबाद-कन्नौज-कानपुर सेन्ट्रल-लखनऊ,बाराबंकी वगैरह खास टिसनन पर रुकल करीहें स.
0 Comments