गर्मी के छुट्टी वाला भीड़ निपटावे ला दू जोड़ी समर स्पेशल

(प्रतीक फोटो)


फर्रूखाबाद 30 मार्च (वार्ता). गर्मी के छुट्टी का समय रेल यात्रियन के भीड़ के मद्देनजर पूर्वोत्तर रेलवे बांद्रा-गोरखपुर का बीच दू जोड़ी समर स्पेशल चलावे के तय कइले बिया.
साप्ताहिक समर स्पेशल ट्रेन 82909 बांद्रा टर्मिनल से 14 अप्रैल से हर शनिचर के सबेरे 6-40 बजे खुलल करी आ दोसरा दिने साँझ 18-20 बजे गोरखपुर चहुँपल करी.
लवटति में 82910 नं समर स्पेशल ट्रेन 15 अप्रैल से हर अतवार राति 21-20 बजे खुलल करी आ मंगल का सबेरे बांद्रा 9-20 बजे चहुँपल करी.
ई दुनु ट्रेन सात सात फेरा चले वाली बाड़ी सँ.
एगो दोसर जोड़ी ट्रेन 2 जून से बांद्रा से समर स्पेशल ट्रेन 09015 हर शनिचर के सबेरे 6-40 बजे खुलल करी आ दोसरा दिने साँझ 18-20 बजे गोरखपुर चहुँपल करी.
लवटति में 09016 नं समर स्पेशल ट्रेन 3 जून से हर अतवार राति 21-20 बजे खुलल करी आ मंगल का सबेरे बांद्रा 9-20 बजे चहुँपल करी.
ई दुनु ट्रेन पाँच पाँच फेरा चलावल जइहें स.
एह दुनु जोड़ी ट्रेनन के बांद्रा-गोरखपुर का बीच मथुरा जंक्शन-हाथरस सिटी-कासगंज-फर्रूखाबाद-कन्नौज-कानपुर सेन्ट्रल-लखनऊ,बाराबंकी वगैरह खास टिसनन पर रुकल करीहें स.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।