मंडल कारा में छापेमारी में मिलल आपत्तिजनक सामान


छपरा 30 मार्च (वार्ता). सारण जिला के छपरा मंडल कारा में पुलिस बियफे देर राति छापा मरलसि आ एह छापा में मोबाइल फोन समेत अउरिओ आपत्तिनजक सामान बरामद कइलसि.
सारण के पुलिस अधीक्षक हरकिशोर राय आजु बतवलें कि छपरा मंडल कारा में देर राति छापा मार के कई वार्ड के सघन तलाशी लीहल गइल. एह तलाशी में अलग अलग वार्ड से पांच गो मोबाइल, तीन गो सिम कार्ड, मोबाइल चार्जर वगैरह बरामद भइल.
कई वार्ड से गांजा, खैनी, सिगरेट अउर गुटको बरामद भइल बा. अब एह बाति के जाँच कइल जात बा कि जेल परिसर में कड़ा सुरक्षा रहला का बावजूद ई सगरी चीझु कैदियन ले चहुँपल कइसे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *