जौनपुर में ग्राम प्रधान के चचेरा भाई के गोली मार के हत्या

(प्रतीक फोटो)


जौनपुर, 04 अप्रैल (वार्ता). जौनपुर के बदलापुर इलाका में बुध का राति बदमाश अंधाधुंध फायरिंग क के ग्राम प्रधान के चचेरा भाई के हत्या क दिहलें.
पुलिस के कहना बा कि प्रतापगढ़ जिला के आसपुर देवसरा इलाका के बरचौली गांव के प्रधान अशोक यादव के चचेरा भाई अखिलेश यादव (30 बरीस) बुध राति पौने नौ बजे अपना स्कार्पियो गाड़ी में बिरेन्द्र यादव आ अतुल यादव का साथे बदलापुर से जौनपुर का तरफ जात रहलें जब मिरसादपुर का लगे जौनपुर से बदलापुर ओर जात सफारी आ स्कार्पियो सवार बदामाश उनुका स्कार्पियो पर अंधाधुंध फायरिंग क दिहलें.
एह गोलीबारी मैं अखिलेश यादव के मौत हो गइल आ बीरेंद्र यादव घवाहिल हो गइलें. तिसरका भाई अतुल यादव भागके आपन जान बचा लिहलसि.
एह घटना से खिसियाइल लोग देर ले जौनपुर लखनऊ मार्ग के जाम क दीहल जवना के केहु तरह समुझा बुझा के पुलिस हटवलसि.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।