शुक से शुरु हो रहल बा क्रिकेट के प्रीमियर लीग

खेल से बेसी नोट कमाये वाला धंधा बन चुकल इण्डियन क्रिकेट के चउथका प्रीमियर लीग काल्हु से शुरु हो रहल बा. पहिले के तीनो लीग सफलता पूर्वक संपन्न हो चुकल बा. दुसरका लीग देश में चुनाव का चलते दक्षिण अफ्रीका में करावल गइल रहे. एह लीग में शामिल सगरी टीम जोरदार मुनाफा कमा रहल बाड़ी सँ. काल्हु के पहिलका मैच चेन्नई सुपर किंग्स आ कोलकाता नाइट राइडर्स का बीच चेन्नई के चेपक में चिदम्बरम स्टेडियम में होखे जा रहल बा.५१ दिन ले चले वाला एह लीग में १० गो टीम का बीच ७४ गो मैच होखे वाला बा जवन कि देश के तेरह गो मैदानन में खेलल जाई. अबकी के लीग में दू गो नया टीम बाड़ी सँ केरल के कोची टस्कर्स आ पुणे के पूणे वैरियर्स.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।