फुटबाल खिलाड़ी मैसी के खेल देखे ला बेचैन बाड़न सुनील छेत्री

नयी दिल्ली, 11 जून (वार्ता) अतवार का दिने मुंबई में भइल हीरो इंटरकांटिनेंटल कप फुटबॉल फाइनल में केन्या 2-0 से हरा के खिताब जीत लिहलसि भारत के टीम आ एकर बधाई जाई कप्तान आ स्टार स्ट्राइकर सुनील छेत्री के जे ई दुनु गोल कइलें.
अब सुनील छेत्री 14 जून से रूस में शुरू होखे जा रहल फीफा विश्वकप में सिर्फ लियोनल मैसी के खेल देखल चाहत बाड़ें. उनुकर कहना बा कि उनुकर कवनो पसंदीदा दावेदार टीम नइखे. कहलन कि हम सगरी मैच देखब काहे कि दुनिया के सर्वश्रेष्ठ खिलाड़ी एह मैचन में खेलीहें. बाकिर अगर पसन्दीदा खिलाड़ी के बात होखी त मैसी हमरा ला सर्वश्रेष्ठ हउवें.
सुनील छेत्री के लोग अब इंडियन मैसी कहे लागल बा. काल्हु के इंटरकांटिनेंटल कप फाइनल में दू गो गोल दाग के छेत्री मैसी के 64 गो अंतरराष्ट्रीय गोलन के बराबरी क लिहले बाड़ें.
अब उनुकर अगिला लक्ष्य होखी पुर्तगाल के क्रिस्टियानो रोनाल्डो के रिकार्ड 81 गोल के निशान पार करे के.
पूरा हिन्दुस्तान के शुभकामना बा छेत्री का साथे.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।