राहुत पर अदालत आरोप तय कइलसि बाकिर ऊ एकरा से बेपरवाह

भिवंडी, 12 जून (वार्ता). महाराष्ट्र के ठाणे जिला के भिवंडी अदालत आजु राहुल गाँधी पर राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ (आरएसएस) के आपराधिक मानहानि करे के आरोप तय कर दिहलसु. नेशनल हेराल्ड मामिला में पहिलहीं से जमानत पर चलत राहुल के भारतीय दंड संहिता के धारा 499 आ 500 के तहत आरोपी बनावल गइल बा.
पिछला आम चुनाव का दौरान छह मार्च 2014 के भिवंडी में आयोजित एगो चुनावी रैली में राहुल आरएसएस के महात्मा गांधी के हत्या ला जिम्मेदार बतवले रहलन जवना पर आरएसएस के भिवंडी शाखा के कार्यवाह (सचिव) राजेश कुंटे आपराधिक मामला दर्ज करवले रहलें.
आजु जब अदालत आरोप तय क दिहलसि तबो राहुल के कहना रहल कि ऊ दोषी नइखन. अदालत से बाहर निकलत राहुल पत्रकारन से कहलन कि उनुका एकर कवनो परवाह नइखे कि उनुका पर कतना केस लदात बा. ऊ अपना के बेकसूर बतवलन.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।