सोपोर में मुठभेड़, सुरक्षाबल दू गो सूअर मरलें


श्रीनगर, 03 अगस्त (वार्ता). उत्तर कश्मीर में बारामूला जिला के सोपोर में आजु जुम्मा का दिने सुरक्षा बल आ आतंकवादियन का बीचे चलत मुठभेड़ में दू गो आतंकवादियन के मार गिरावल गइलें.
पुलिस के एगो प्रवक्ता बतवलन कि सोपोर का एगो गांव में आतंकवादियन के मौजूदगी के खुफिया जानकारी मिलला प राष्ट्रीय राइफल, जम्मू कश्मीर पुलिस के विशेष अभियान समूह अउऱ केंद्रीय रिजर्व पुलिस बल के जवान साझा तलाशी अभियान चलवलें. सुरक्षा बल जब गांव का एगो खास इलाका का ओरि बढे लगलें त ओहिजा लुकाइल आतंकवादी अंधाधुंध गोलीबारी शुरू क दिहलें. ओकरा बाद सुरक्षो बल जवाबी कार्रावाई शुरू क दिहलें.
अबहीं ले मुठभेड़ जारी बा बाकिर दू गो आतंकवादियन के मरइला के खबर आ गइल बा.
जाने जोग इहो बा कि काल्हुओ कुपवाड़ा में सुरक्षा बलन से मुठभेड़ में दू गो आतंकवादी मराइल रहलें.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।