महाराष्ट्र के जलगांव नगर निगम आ सांगली नगरपालिका में भाजपा जीतल
-

जलगांव अउऱ सांगली, 03 अगस्त (वार्ता) जलगांव नगर निगम खातिर भइल चुनाव में कांग्रेस आ राकांपा के सूपड़ा साफ करत भाजपा 75 सीज में से 57 सीट जीत लिहलसि.

एहिजा पिछला बेर खानदेश विकास अघाडी के जीत मिलल रहुवे आ शिव सेना के पूर्व मंत्री अउर नेता सुरेश दादा जैन पिछला 35 बरीस से सत्ता में काबिज रहलें. शिवसेना के महज 15 सीट आ एमआईएम के तीन सीट पर जीत भइल बा. राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी अउर कांग्रेस पार्टी के एकहू सीट नइखे भेंटाइल. जबकि कांग्रेस आ राकांपा मिल के चुनाव लड़ल रहलें.

जलगाँव में भाजपा के बड़का नेता एकनाथ खड्से के बहुते प्रभाव बा आ ओकर असर साबितो हो गइल.

सांगली-मिराज-कुपवाड नगर पालिका खातिर भइल चुनावो में भाजपा जीतल बिया. एहिजा भाजपा के 78 में से 41 सीट पर जीत मिलल बा आ शिवसेना के एकहू सीट नइखे भेंटाइल.

सांगली नगरपालिका एह चुनाव से पहिले ले कांग्रेस-राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी के गढ़ मानल जात रहुवे. एहिजा कांग्रेस के 20 गो आ राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी के 15 गो सीट पर जीत भइल बा. शिवसेना एहिजा 57 सीट पर चुनाव लड़ले रहुवे बाकिर भेंटाइल एकहू ना.

दू गो सीट दोसरा लोगन के भेंटाइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts