छरपा छरपी रफ्तार में बा

जस जस बिहार विधानसभा चुनाव नियरात बा तस तस छरपा-छरपी के खेल रफ्तार धइले जात बा. काल्हु पटना में जदयू मुख्यालय में मिलन समारोह क के अइसने कुछ नेतवन के जदयू में शामिल कइल गइल.
एह नेतवन में मंत्री रहल आ लालू के राजद से तीन बेर राघोपुर विधायक रहल भोला राय, कांग्रेस के गोविंदपुर विधायक पूर्णिमा यादव, बरबीघा विधायक सुदर्शन कुमार, आ उपेन्द्र कुशवाहा के रालोसपा के बोलतुआ अभिषेक झा शामिल बाडन. जदयू के प्रदेश अध्यक्ष रहल आ अबहीं मुंगेर से सांसद राजीव रंजन उर्फ ललन सिंह एह लोग के जदयू सदस्य बनववलन.
एह मौका पर अपना भाषण में ललन सिंह कहलन कि लालू का गोल में ओह लोग के कवनो इज्जत ना दीहल जाव जे लोग त्यागी होला. ऊ चाहे रघुवंश बाबू होखसु भा खुद लालू खातिर आपन सीट छोड़े वाला भोला राय.
कहलन कि राजद में लोकसभा, राज्यसभा, विधानसभा हर तरह के टिकट ला लेन-देन होला. तेजस्वी यादव ले के पूछल गइल एगो सवाल पर ललन सिंह कहलन कि तेजस्वी बस अतने बता देसु कि कवना कारण उनुकर बाबूजी लालू प्रसाद बरीस 2017 से रांची के होटवार जेल में बन्द बाड़न. ऊ एकरा के साजिशो ना बता सकसु काहे कि सब कुछ अदालती कार्यवाही से भइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *