पाँचो गिरफ्तार भारतीयन के छोड़ दी चीन
-

केंद्रीय मंत्री किरेन रिजिजू टिवीट क के बतवले बाड़न कि अरुणाचल प्रदेश के जंगल से गायब भइल पांचो नवहियन के चीन के पीपुल्स लिबरेशन आर्मी आजु शनिचर का दिने भारतीय अधिकारियन के सँउप दी.

चीन पहिले कहले रहुवे कि ऊ अरुणाचल प्रदेश के मनबे ना करे काहे कि ओह इलाका के ऊ आपन हिस्सा मानेला. आ पाँचो गायब भारतीयन का बारे में ऊ कुछ नइखे जानत. बाद में मंगल का दिने पीएलए सकार लिहलसि कि ई लोग ओकरा कब्जा में बा.

अब आजु कवनो बेरा ले एह लोग के भारतीय अधिकारियन के सँउप दी.

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..