Two persons die in mini bus accident

A 407 turned turtle on Friday in Jagdishpur area of Marhaura PS of Chapra district killing two and injuring seven passangers. The vehicle has been seized.

छपरा जिला का मढ़ौरा थाना के जगदीशपुर इलाका में एगो ४०७ बस के पलटला का चलते दू गो सवारियन के मौत हो गइल आ सात जने घवाहिल हो गइले. दुर्घटना शुक का दिने भइल जब मिनी बस मढ़ौरा से छपरा जात रहुवे. मरे वला इसरौली पियरपुरवा के अमरनाथ साह रहले. बस के खलासिओ के मौत हो गइल. गम्हीराह घवाहिल दू जने के छपरा भेजल गइल बा.

बाद में पुलिस चहुँपल त मिनी बस के जब्त कर लिहलस आ लाश के पोस्टमार्टम खातिर छपरा भेजवा दिहलसि.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *