यूपी से कुछ अउरी खबर

विधानसभा के निधौली कलां आ लखीमपुरखीरी विधानसभा के उपचुनाव के अधिसूचना जारी हो गइल बा. दुनु सीट समाजवादी पार्टी के विधायकन के मरला से खाली भइल बा. बसपा एह चुनाव में आपन उम्मीदवार नइखे दिहले.

विधानपरिषद के स्नातक आ शिक्षक खंड के पांच गो सीट खातिर दस नवम्बर के होखे वाला मतदान खातिर पर्चा दाखिला के काम पूरा हो गइल बा.

कथाकार अमरकान्त के काल्हु इलाहाबाद में केके बिड़ला फाऊन्डेशन का तरफ से उनकर लिखल उपन्यास “इन्ही हथियारों से” खातिर साल २००९ के “व्यास सम्मान” दिहल गइल जवना में प्रतीक चिह्न, प्रशस्ति-पत्र, आ अढ़ाई लाख रुपिया नकद दिहल गइल.

अयोध्या में एक महीना ले चले वाला कल्पवास काल्हु से शुरु हो गइल.

महाराजगंज जिला के बृजमनगंज थाना के धानीबाजार में पटाखा बनावत घरी भइल विस्फोट में पाँच जने ओहिजे मर गइलें. सात गो घवाहिलन के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.

बनारस का शिवपुर चौराहा पर सीवर लाइन बिछावे खातिर जमीन खोदत घरी माटी धँसला का चलते दू गो मजदूरन के मौत हो गइल. दुनू बंगाल के रहले. दुर्घटना का बाद ठेकेदार आ माटी निकाले के मशीन चलावे वाला फरार हो गइल बाड़े.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।