आईएमए से पास होखे वाला आधा अधिकारी यूपी बिहार से
-

एह साल भारतीय सैन्य अकादमी से पास होखे वाला ५१८ अधिकारियन में से २२३ यूपी बिहार से बाड़न. अलग अलग जोड़ल जाव त यूपी १०२ अधिकारियन का साथ पहिला जगहा पर, उत्तराखंड ८५ का साथ दूसरा जगहा पर, बिहार ३२ अधिकारियन का साथे पाँचवा जगहा पर, आ झारखंड के ४ गो अधिकारी बाड़े. सैन्य अकादमी से पासिंग आउट परेड का बाद एह लोग के सेना के लेफ्टिनेंट का पद पर बहाल होलें. देश का सुरक्षा में लागे के तमन्ना लिहले पचास हजार से बेसी अधिकारी एह अकादमी से प्रशिक्षित हो चुकल बाड़े जवना में से ११ गो थल सेनाध्यक्ष का पद तक चहुँपलें.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..