काकोरी काण्ड के शहीदन के श्रद्धांजलि
-

आजादी के लड़ाई का दौरान काकोरी काण्ड में शामिल होखला का आरोप में तीन गो क्रांतिकारियन के फाँसी के सजा दिहल गइल रहे. ओह में से राजेन्द्र नाथ लाहिड़ी के १७ दिसम्बर का दिने गोण्डा का जेल में, आ १९ दिसम्बर का दिने रामप्रसाद बिस्मिल के गोरखपुर जेल में अउर अशफाकुल्लाह खाँ के फैजाबाद का जेल में फाँसी पर चढ़ा दिहल गइल रहे. आजु कई जगहा एह शहीदन का याद में श्रद्धांजलि सभा हो रहल बा.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..