माया सरकार सपा के नेतवन के गिरफ्तार कइलसि

एगो बसपा उम्मीदवार के हड़कावे का आरोप में निर्दलीय विधायक राजा भईया समेत कई गो सपा नेता लोगन के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. एहमें सपा सांसद शैलेन्द्र, विधायक विनोद सरोज, आ विधानपरिषद सदस्य अक्षय प्रताप सिंह उर्फ गोपाल जी शामिल बाड़े. एह लोगन पर आरोप बा कि ई लोग काल्हु शनिचर का दिने बाबूगंज प्रखण्ड से ब्लाक प्रमुखी के उम्मीदवार बसपा नेता मनोज कुमार शुक्ला के गाड़ी रोक के धमकावल आ हवाई फायर कइल लोग. कहल लोग कि चुनाव मैदान से हटि जा ना त दुनिया से हटा दिहल जइब.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।