भारत के हालत फेर खराब बा

पहिलका टेस्ट में पारी का हार का बाद भारत दक्षिण अफ्रीका से आजु शुरु दुसरको टेस्ट में खराब हालत में आ गइल बा आ पहिलका दिने खेल खतम होखे का बेरा ऊ छह विकेट का नुकसान पर १८३ रन पर रहुवे. बड़ बड़ जने दहाइल जासु, गदह पूछे कतना पानी ? अब पुछल्ला खिलाड़ियन का भरोसे बकतूतई हो रहल बा कि हरभजन चाह दीहें त भारत के वापसी हो सकेला. आजु वीरेन्द्र सहवाग २५ रन पर, मुरली विजय १९ रन पर, राहुल द्रविड़ २५ रन पर, सचिन तेंदुलकर १९ रन पर, वीवीएस लक्ष्मण ३८ रन पर, आ चेतेश्वर पुजारा १९ रन पर आउट हो गइलें. धोनी आ हरभजन मैदान पर बाड़े. दक्षिण अफ्रीका के डेल स्टेन मात्र ३६ रन दे के चार गो विकेट चटका दिहलन. पिछलको टेस्ट में उहे भारत के हरावे के जिम्मेदार रहलन. दू गो विकेट जैक्स कालिस के मिलल.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।