सहारनपुर में लौंडा आ लौंडेबाज पकड़इलें

सहारनपुर में देश के कई जगहा से जूटल समलैंगिक समुदाय के १३ लोग के पुलिस गिरफ्तार कर लिहले बिया. एहमें डाक्टर, प्रोफेसर, समाजसेवी, आ विद्यार्थी हर तरह के लोग शामिल बा. देश में अपना तरह के ई पहिलका जुटान रहुवे जवन सहारनपुर के एगो ब्यूटीपार्लर चलावे वाला बंटी विनोद के जन्मदिन का मौका पर भइल रहे. पार्टी में सौ से बेसी लोग शामिल रहुवे बाकिर ओहि लोग के गिरफ्तार कइल गइल जवन लोग संदिग्ध हालत में पकड़ाइल. पुलिस साफ नइखे कइले कि एकरा के रंगे हाथ पकड़ल कही कि पैंट्स डाउन गिरफ्तारी.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।