बसपा विधायक पर रेप के मुकदमा दर्ज हो गइल

नरैनी के बसपा विधायक पुरुषोत्तम नरेश द्विवेदी अपना बचाव में अपना नपुंसक होखे के तर्क दिहले बाकिर सुबूत उनका आ उनका गिरोह का खिलाफ गइल बा जवना चलते पुलिस चार लोग का खिलाफ दुराचार के मुकदमा दर्ज कर लिहले बिया. शायद विधायक जी के गलत कानूनी सलाह मिलल रहे आ उनका ना मालूम रहे कि नपुसंको बलात्कार के आरोपी हो सकेला. विधायक के तीन गो दोस्त गिरफ्तार हो चुकल बाड़े आ विधायक के गिरफ्तारी खातिर पुलिस छापामारी कर रहल बिया. ओने बलात्कार के शिकार लड़की जेल में बन्द बिया आ पुलिस के कहना बा कि ओकरा पर चोरी के आरोप सही बा आ ओकर गिरफ्तारियो सही बा. बसपा विधायक के अबही ले पार्टी से निकाले के कवनो खबर नइखे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।