भोजपुरी के पहिला ससपेंस थ्रिलर रामपुर के लक्ष्मण


भोजपुरी सिनेमा में अब्बास सुल्तान स्टाइल के बनल पहिलका ससपेंस थ्रिलर फिल्म “रामपुर के लक्ष्मण” अगिला शुक २६ जनवरी के देश भर में एके साथ रिलीज होखे जा रहल बा. पूरा देश के साठ गो सिनेमाघर में एकरा के एके दिने रिलीज कइल जा रहल बा. भोजपुरी सिनेमा आजुकाल्हु अपना सुनहुला दौर से गुजर रहल बा आ धीरे धीरे ऊ खेत खलिहान गाँव देहात से उपर उठे लागल बा आ जिनिगी के हर पहलू छूवे लागल बा. “रामपुर के लक्ष्मण” एह बाति के जियत जागत सुबूत बा. फिल्म के टाइटिल रोल सदाबहार सुपर स्टार रविकिशन कइले बाड़न आ उनुका साथ एगो दूगो ना पूरे पाँच गो अभिनेत्री बाड़ी एह फिल्म में. रविकिशनो के कई गो रुप दर्शक एह फिल्म में देख पइहें जवना में दस गो गाना बा. चंदन सिंह के बनावल एह फिल्म के निर्देशन हैरी फर्नांडीज कइले बाड़न.
(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।