बाबा रामदेव हिन्दुस्तान के मिस्र बना देबे के चेतावनी दिहले

योग गुरु बाबा रामदेव काल्हु कहले कि जवना तरह से भारत में भ्रष्टाचार पसरल जात बा आ केन्द्र सरकार ओकरा के रोके का जगहा बढ़ावा आ सुरक्षा दे रहल बिया ओह हालत में देश के जनता मजबूर हो के मिस्र के तरह के आन्दोलन करे लागी आ तब सरकारी नेता लोग के मुँह छुपावल मुश्किल हो जाई. कहले कि अगर जल्दी से एह भ्रष्टाचार पर काबू करे के कोशिश नइखे शुरु होत त ऊ खुद अइसनका आन्दोलन के नेतृत्व कर सकेले. भाजपा बाबा रामदेव के समर्थन कइले बिया. कवि नीरज का शब्दन में कहल जाव त ” संहार ही हो जब सृजन के नाम पर, तब सृजन का संहार ही भवितव्य है.”

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।