ट्रांसफारमर बदलल बिहार सरकार के जिम्मे नइखे

बिहार विधानसभा में एगो सवाल का जवाब में उर्जा मंत्री विजेन्द्र प्रसाद यादव कहले कि राजीव गाँधी ग्रामीण विद्युतीकरण योजना मे् लगावल ट्रांसफार्मर खराब होखला पर ओकरा के बदले के जिम्मेवारी केन्द्र सरकार के बा आ राज्य सरकार ओकरा के ना बदल सके. इहो बतवले कि अइसनका करीब साढ़े तीन हजार ट्रांसफार्मर पिछला डेढ़ साल से जर के खराब हो गइल बा. कहले कि ओवरलोडिंग से ट्रांसफार्मर जर जात बाड़ी सँ आ केन्द्र सरकार से एह बारे में बतियावल जाई.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।