नक्सली गिरफ्तार

रोहतास जिला के गोरइलापहाड़ी का लगे काल्हु नक्सली हार्डकोर बृजकेतु सिंह उर्फ विष्णु के हथियार समेत गिरफ्तार कर लिहल गइल. दोसरा तरफ मुजफ्फरपुर में पचास गो से बेसी नक्सलियन के गिरोह मीनापुर में बूढ़ी गंडक पर पुल बनावे में लागल कंपनी के दू गो जेबीसी मशीन आ एगो ट्रैक्टर समेत कई सामान में आग लगा दिहले. औरंगाबाद के मदनपुर थाना इलाका से पुलिस दू गो गाड़ियन से तीन हजार डैटोनेटर आ दू क्विंटल विस्फोटक बरामद कइले बिया. ई सब सामान यूपी के इलाहाबाद से गया के पालबिगहा इलाका में ले जाइल जात रहे. दुनु गाड़ी के ड्राइवरन के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।