बौद्ध मंदिरन के बिजली काट दिहल गइल

गया जिला के बोध गया में दुनिया के कई देशन के बौद्ध मंदिर बा. एह विदेशी महाविहारन पर कई कई लाख रुपिया के बिजली बिल बकाया बा जवना चलते बिहार राज्य विद्युत बोर्ड बकाया वाला मंदिरन के बिजली काट दिहले बिया. बिजली कटला का बाद ओह मंदिरन के प्रबन्धन मंदिर के पट बन्द कर के दर्शनार्थियन के घुसे नइखन देत. पर्यटक लोग अब खाली मुख्य महाबोधि मंदिर में तथागत के दर्शन कर पावत बा. बोधगया ऊ पावन जगहा ह जहवाँ भगवान बुद्ध के “सम्यक” के ज्ञान मिलल रहे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।