हर तीन साल पर फीस बढ़ावे के कानून बनावल जाव

करीब दू सौ से बेसी विश्विविद्यालयन के कुलपति शनिचर का दिने भइल अपना बइठक में केन्द्र सरकार से माँग कइले बाड़े कि हर तीसरे साल फीस में दस फीसदी बढ़ोतरी करे के कानूने बना दिहल जाव जेहसे कि विश्वविद्यालयन के आपन खरचा जुटावे में सहूलियत हो पावे. विश्वविद्यालय अणुदान आयोग देश भर के कुलपतियन के बइठक अगिला पाँच साल के शैक्षणिक रणनीति बनावे खातिर बोलवले बा. बईठका में इहो कहल गइल कि हर विश्वविद्यालय अपना हियाँ परीक्षा में अंक का बदला ग्रेड देबे के व्यवस्था शुरु करो जवना से विद्यार्थी एक से दोसरा विश्चविद्यालय में स्थानान्तरण करवा सकसु. पिछला एक साल से दि्ल्ली विश्विवद्यालय मे एह बाति पर बतकूच्चन चलि रहल बा बाकिर कवनो सहमति नइखे बन पावत.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।