बिहार शिक्षक पात्रता परीक्षा के फार्म जमा होखल शूरू

बिहार में होखे जा रहल शिक्षक पात्रता परीक्षा के करीब तीस लाख फार्म बिकाइल बा जवना के आजु से जमा कइल शुरु हो रहल बा. जवना केन्द्र से फार्म खरीदाइल होखी ओही केन्द्र पर .ओकरा के जमा करे के बा, दोसरा केन्द्र पर जमा ना लिहल जाई. फार्म जमा करे के समय सबेरे दस बजे से दुपहरिया तीन बजे ले रही. फार्म में कवनो तरह के काटकूट, ओवर राइटिंग मिलल पर फार्म के रद्द कर दिहल जाई.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।