प्रोमोशन खातिर मौत के दौड़ में एगो अउरी जान गइल

यूपी में दारोगा बनावे खातिर सिपाहियन के शारीरिक क्षमता के परीक्षण हो रहल बा जवना में ओह लोग के दस किलोमीटर दौड़ के देखावे पड़त बा. एह दौड़ में अब तक कई गो पुलिस जवान के मौत हो चुकल बा. एह तरीका से क्षमता जाँचे के बहुत आलोचना हो रहल बा बाकिर पुलिस प्रशासन एह दौड़ पर कायम बा. ओकरा हिसाब से जे लोग अतना दौड़ नइखे सकत ओकरा खुदही रुक जाये के चाहीं, जान दिहला के का जरुरत बा. बाद में अभ्यास कर के आपन क्षमता बढ़ावल जा सकेला.

काल्हु बलिया के नरही थाना के फिरोजपुर गाँव के अवनीन्द्र कुमार सिंह के मौत कानपुर में हो गइल. इलाहाबाद में तैनात अवनीन्द्र कानपुर में आयोजित दौड़ में शामिल होखे गइल रहले जहवाँ उनुकर मौत हो गइल. अवनींद्र के दू गो छोट छोट लड़िका बाड़े सँ.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।